गीत/नवगीत

“भोजपुरी गीत”

“भोजपुरी गीत”

कइसे जईबू गोरी छलकत गगरिया, डगरिया में शोर हो गइल

कहीं बैठल होइहें छुपि के साँवरिया, नजरिया में चोर हो गइल……

बरसी गजरा तुहार, भीगी अँचरा लिलार

मति कर मन शृंगार, रार कजरा के धार

पायल खनकी ते होइहें गुलजार गोरिया

मनन कर घर बार, जनि कर तूँ विहार,

कइसे विसरी धना पलखत पहरिया, शहरिया अंजोर हो गइल

कइसे जईबू गोरी छलकत गगरिया, डगरिया में शोर हो गइल……

महातम मिश्र, गौतम गोरखपुरी

*महातम मिश्र

शीर्षक- महातम मिश्रा के मन की आवाज जन्म तारीख- नौ दिसंबर उन्नीस सौ अट्ठावन जन्म भूमी- ग्राम- भरसी, गोरखपुर, उ.प्र. हाल- अहमदाबाद में भारत सरकार में सेवारत हूँ