गीत/नवगीत

 “देशज भजन गीत”

मात्रा भार-22

नजरिया में आ के घेरा गईल माधों

ई कइसन बंसुरिया बजा गईल माधों……

देखली सुरतिया संवरिया कन्हाई

अंगुली घूमा के मुरलिया बजाई

कदम की छइयाँ हेरा गईल माधों

लाज लाजवंती के बता गईल माधों……ई कइसन बंसुरिया बजा गईल माधों

राधा की गोरी गोरी भोरी कलाई

रूप मनिहारिनी को चुड़ियाँ पिन्हाई

मन मखनी चुरा के डेरा गईल माधों

ग्वालन के चोरिया लगा गईल माधों……ई कइसन बंसुरिया बजा गईल माधों

कुल पांडव करण अर्जुन जस भाई

पति द्रोपदी के पाँच एक अलगाई

सारथी की रसरिया बेरा गईल माधों

वृहद विष्णु शंखा गजा गईल माधों……ई कइसन बंसुरिया बजा गईल माधों

महातम मिश्र, गौतम गोरखपुरी

*महातम मिश्र

शीर्षक- महातम मिश्रा के मन की आवाज जन्म तारीख- नौ दिसंबर उन्नीस सौ अट्ठावन जन्म भूमी- ग्राम- भरसी, गोरखपुर, उ.प्र. हाल- अहमदाबाद में भारत सरकार में सेवारत हूँ